बिहार (बिहारी पर हमके सान है) ❤

रहेलि बिहार में बबूआ
बानि हम बिहार के
गर्व हो ला बिहार पर हमके
ऐही खातिर कहेली खुद के बिहारी हम।

पंगा लेबेली ना केहू से
उलझेली ना बेकारी में
केहू आबे एैठल ओईठल
त छोडे़ली ना रंगदारी में ।



बिहार में जन्म लेबल सान बा
तू का बूझवा नादानी में
इही धरतियां पावन है
कई धर्मों के भलई है जन्म इहवा ।

एक बिहारी सौ पर भारी
एहितरे नहीं कहा ता बाबू 
लेलेबे जे पंगा बिहारी से
अटक जाला सांस ओहके
मछली सन फरफराला वो।

मैथ्स, साइंस, वेद, पुराण
सब एहि जवा से शुरू भलई
ना जहिय तू बोली, भाषा पर
कई आ. ई. एस यहा से पैदा भयल।

बिहार के अनेको गौरव गाथा बा
सुनत सुनत तू थक जईबा
एको बार जे जान जईबा बिहार के ता
गुण गावत -गावत ना थकबा
ऐसन हमार बिहार बा बबुआ 
बानी हम बिहारी हो औरो
इ बिहारी पर हमके बहुते सान बा।

-प्रीति कुमारी

एक टिप्पणी भेजें

4 टिप्पणियाँ